बड़हलगंज के युवा लेखक/कवि निर्भय ने अपनी रचना से Nh29 की दयनीय स्थिति को किया व्यक्त

जोड़े कई गो जिला जवार, NH29 बा बेहाल

यूपी 53 वाले हम जिला गोरखपुर कहाला
आपन सड़क Nh29 मुख्यमंत्री शहर से होके जाला
इक बेरिया जे चल जाला ईहा सड़क पे दुबारा कबो न जाला
धरना परदर्शन भइल इहवा अउर गइल धान रोपाई
तबहू नाही भइल कवनो Nh29 के उपाई
यूपी53 वाले हम जिला गोरखपुर कहाला…

60 किलोमीटर के दूरी पर आपन बड़हलगंज
जाए के ह गोरखपुर त ले ल 3 घण्टा अपने संग
सही सलामत पहुँच जे गईला त जाके करिहा पार्टी
रहिये में बिछला गईला बाबू त वईसे लग जाई भर देहि माटी
यूपी53 वाले हम जिला गोरखपुर कहाला….

आपन Nh29 जोड़े कईगो जिला जवार
तबो शाशन प्ररशासन के नाही समय बा करें के विचार
देता केहु सूचना सड़क बदहाली क त साहब लोग कर दे ताना ट्विटर फेसबुक ब्लॉक
4 साल से बनत फोरलेन ओहु क काम पड़ल ह कहीं कहीं पे लॉक
यूपी 53 वाले हम जिला गोरखपुर कहाला….

कहीं अदमी गिरत हवे त कहीं ट्रकवा भासत ह त हो जाता जाम
सड़क बनावे खातिर अदमी चिल्लाके रह जात हवे तबो होत ना बा काम
नमवे क बाटे लगत ह ई मुख्यमंत्री शहरिया हो
सुधरी की न कबो की ऐहिसे रही Nh29 के सुरतिया हो
यूपी 53वाले हम जिला गोरखपुर कहाला….

असवासन प असवासन मिलल भइल ना कवनो काम
जमीनी स्तर पर कुछ दिखल नाही कगजे पर भजल ह सड़क क दाम
जनता भी दु चार बेर धरना प्ररदर्शन देई फिर थकहार के आपन करे लागी काम
ओहु क त आपन जिनगी ह बाटे ओहु के परिवार
यूपी 53 वाले हम जिला गोरखपुर कहाला…